कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ | Bhojpuri idiom and meaning : सातवाँ भाग



[ads id="ads1"]



एह कोर्स में राउर हार्दिक स्वागत बा ।😊

बिहारलोकगीत डॉट कॉम के लगातार सार्थक कोशिश रही कि आपन गौरवशाली अतीत के फेर से परिभाषित कऽ के भोजपुरी के छवि के आपन देस के साथे-साथ दुनिया के बाकी हिस्सा में भी पुनर्जीवित कईल जाव। ई काम में रउरा सब के सहयोग के साथ जरुरी बा, एह से रउरा सभे से निहोरा बा की “बिहारलोकगीत डॉट कॉम” से जुड़ी आ आपन भासा भोजपुरी के आगे बढ़ावे में बिहारलोकगीत के मदद करीं।

बिहारलोकगीत डॉट कॉम के ई सतत प्रयास बा की आपन भोजपुरी भाषा आगे बढ़े आ भोजपुरी के ऑनलाइन के माध्यम से ज्यादा से ज्यादा लोगन तक पहुचावल जाव, एह कड़ी के आगे बढ़ावत बिहारलोकगीत लेके आइल बा भोजपुरी मुहावरा, जहा प रउवा भोजपुरी मुहावरा के बारे में पढ़ेब और ओकरा बारे में जानेब ओकर अर्थ के साथ ।


आखिर ह का मुहावरा ?, भोजपुरी मुहावरा :-


मुहावरा अपना भोजपुरी भाषा के एगो अभिन्न अंग ह, एकरा बिना भोजपुरी भाषा भा साहित्य पूरा नइखे होसकत। भोजपुरी भासा के बोल चाल में मुहावरा के प्रयोग खूब होला।

परिभाषा: अइसन वाक्यांश जवन आपन साधारण अर्थ छोड़ के कवनो विशेष मतलब आ अर्थ की ओर ले जाव भा व्यक्त करो ओकरा के मुहावरा कहल जाला।

हमरा कम उमेद बा की केहू भोजपुरी अपना गावं-घरे में बूढ़ पुरनिया से मुहबरा ना सुनले होइ, लेकिन अब भोजपुरी मुहावरा के उपयोग कम होखत जा ता।

हमार शुभकामना बा कि राउर जतरा शुभ होखे ।



[ads id="ads2"]



भोजपुरी मुहावरा और अर्थ | Idioms in Bhojpuri with meaning :-


भोजपुरी मुहावरा

अर्थ
आसन डिगल
      :-         
चित्त चलायमान हो जाना।
आसन दीहल 
      :-
सत्कारार्थ बैठने के लिए कोई वस्तु रख देना या बतला देना।
आसामी बुझल
      :-
अपने वश का समझना।
आहि दाओ भइल
      :-
मेहरा होना।
इमान से कहल
      :-
सच कहना।
उकठल 
      :-
सूख जाना।
उघटा पुरान कइल 
      :-
गाली गलौज़ करना।
उजड्ड भइल
      :-
 मूर्ख होना।
उटुकार कइल 
      :-
उभाड़ना।
उड़त चिरई के हर्दी लगावल
      :-
बहुत चालाक होना।
उडॉक भइल 
      :-
चालाक होना।
एक पेट के भइल 
      :- 
सहोदर भ्राता होना।
ओठ बिदोरल
      :-
होंठ बिचकाना; मूर्खता प्रदर्शित करना।
ओनइस भइल 
     :-
कम होना।
कंजड़ भइल
     :-
जाति विशेष। कंजूस होना, दरिद्र स्वभाव का होना।
कंठ खुलल
     :-
आवाज़ निकलना।
कंठागर कइल
     :-    
कठस्थ करना।
किंकुरी मारल
     :-    
सिकुड़ जाना, हतोत्साह होना।
कुँआँ में भाँग घोराइल 
     :-    
किसी वर्ग या गाँव के सब लोगों का मतिभ्रष्ट हो जाना।
कुँइआँ में गिरल
     :-
आचरण -भ्रष्ट होना, पतनोन्मुख होना।
केंचुलि बदलल
     :-
पोशाक बदलना।
कउआ उचरल
     :-
कौए का घर पर आकर बार -बार काँव -गाँव शब्द उच्चारण करना; आगंतुक अतिथि की सूचना मिलना।
कउआ कान ले गइल
     :-
केवल सुनी सुनाई बात पर बिना किसी जाँच पड़ताल के विश्वास करन लेना।
कउआ हंकनी भइल
     :-
मूर्ख होना।
कचरकूट कइल या भइल 
:-
इच्छापूर्ण भोजन करना, अत्यधिक भोग विलास करना।
कनखियावल
:-
इशारा करना।

रउवा खातिर:

कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :सातवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :आठवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :नउवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :दसवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :ग्यारहवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : बारहवां दिन 
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : पहिला भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : दुसरका भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : तिसरका भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : चउथा भाग 
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : पांचवा भाग 
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : छठवाँ भाग 

इ पेज बनावला के मुख्य उदेश्य बा की भोजपुरी सीखे वाला के सहायता कइल आ भोजपुरी भाषा के आगे बढ़ावल। येही मकसद से बिहारलोकगीत डॉट कॉम पर भोजपुरी भाषा सीखे! (Learn Bhojpuri) पेज बनावल गईल बा, जे भोजपुरी सीखे के चाहत बा भा जाने के इच्छा रखत बा त वो लोग ख़ातिर भी इ पेज बहुत उपयोगी बा।

बिहारलोकगीत डॉट कॉम  के कोशिश बा की लोग ज्यादा से ज्यादा भोजपुरी भाषा सीखे आ भोजपुरी भाषा बोले।
एह पर भोजपुरी के आसान वाक्य आ हर रोज उपयोग में आवे वाला वाक्यन के संग्रह कइल गइल बा, जेसे रउवा सब के भोजपुरी भाषा सीखे आ बोले में आसानी होखे।

अगर रउवो लगे भोजपुरी वाक्यन के संग्रह बा त बिहारलोकगीत डॉट कॉम के भेज दीं। राउर वाक्यन के बिहारलोकगीत डॉट कॉम के एह पेज प जोड़ दीहल जाई।

ध्यान दीं: भोजपुरी सीखे के खातिर बिहारलोकगीत.कॉम के फेसबुक पेज के लाइक करीं ।

0/Write a Review/Reviews

Previous Post Next Post