सातवां दिन : कइसे भोजपुरी सिखल जाव ।भोजपुरी भाषा सीखें । Learn Bhojpuri Language


एह कोर्स में राउर हार्दिक स्वागत बा ।😊

हमार विश्वास करीं भोजपुरी भाषा सीखल आ बोलल कउनो मुश्किल काम नइखे। अगर राउर सोच लीं की हमरा भोजपुरी सीखे के बा त सीखल कउनो पहाड़ काम नइखे आ एह काम में राउर मदद करीं बिहार लोक गीत के इ पेज भोजपुरी भाषा सीखे : Learn Bhojpuri language.

कउनो काम के शुरुआत पहिला कदम से होला, हमनी के भोजपुरी आसान आ हर रोज इस्तमाल में आवे वाला शब्दन आ वाक्यन छोट छोट पेज में बाट दीहल बा, जेसे रउरा भोजपुरी भाषा सीखे में आसानी होखे।

इहां  तक पहुँचे खातिर रउआ पाहिले दिहल शर्त के निभावे के होखी -
  1.  सबसे पहिले संकल्प करे के होखी ,फिर 
  2. ओह संकल्प के पूरा करे के खातिर प्रयत्न करे के होखी अऊर  
  3. ओह प्रयत्न के तब तक जारी रखे के होखी ,जब तक की रउआ लक्ष्य तक भली भांति पहुँच नइखी जात।
अऊर हमरा पूरा विश्वास बा की एह तीनो शर्त के माने खातिर रउआ पूरी तरह से तैयार बानी।बस समझ लीही की रउआ भोजपुरी बोले के कला में निपुण हो गइनी ।एगो उक्ति बा-Well begun is half done -अर्थात कवनो काम ठीक विधि से शुरू कइल जाइ, त समझे के चाहीं कि आधा काम पूरा हो गईल।त आईं चली हमरा साथे पहिला अभियान पर।

हमार शुभकामना बा कि राउर जतरा शुभ होखे ।

[ads id="ads1"]

भोजपुरी में शिष्टाचार के कुछ वाक्य | Some Polite Phrases in Bhojpuri:-

नीचे दिहल वाक्यन आ शब्दन के पढ़ीं आ बार बार पढ़ीं, जवना से रउवा लय में बोले लगेब।

HindiEnglishBhojpuri
क्या आप थोड़ा खिसकेंगे?Will you please move a bit?का रउवा थोड़ा सा खिसकब ?
जरा धीरे बोलें।Will you please speak slowly?तनी धीरे बोलीं ।
जरा धीमा बोलने की कृपा करें।Will you mind speaking a bit softly, please?तनी धीरे बोले के कृपा करीं।
क्या आप मुझे बैठने देंगे ?Will you Please let me sit?रउवा हमरा के बइठे देब?
क्या मैं आपका थोड़ा-सा समय ले सकता हूँ ?Could you spare a few moments for me?हम राउर थोड़ा-सा समय ले सकतानी?
जैसी आपकी मर्जी ।As you please.जइसन राउर मर्जी ।
आराम से बैठिए।Please make yourself comfortable.आराम से बइठीं।
कष्ट के लिए क्षमा करें ।Sorry for the inconvenience.कष्ट खातिर क्षमा करीं ।
आपकी बड़ी कृपा है।That's very/so kind of you.राउर बड़ कृपा बा ।
लीजिये ।Please help yourself.लीहीं।
आपसे मिलकर खुशी हुई ।Glad to meet you.रउआ से मिल के खुशी भइल।
आपकी अच्छी सलाह के लिए धन्यवाद।Thanks for your kind/valuable advice.राउर बढ़िया सलाह के खातिर धन्यवाद ।
मैं पूरी कोशिश करूँगा/करुँगी ।I will try my level best.हम पूरा कोशिश करब ।
आशा है आप मजे में है ।Hope you are enjoying yourself/yourselves.आशा बा रउआ मजे में बानी ।

[ads id="ads2"]


Best Way to take maximum benefit of भोजपुरी भाषा सीखे : Learn Bhojpuri Language Lessons:

1. Read  Hindi, English & Bhojpuri sentences and understand the meaning.
---------> हिंदी, अंग्रेजी और भोजपुरी वाक्य पढ़ें और अर्थ समझें।

2. Second time read only Bhojpuri sentences and pronounce each word correctly.
---------> दूसरी बार केवल भोजपुरी वाक्य पढ़ें और प्रत्येक शब्द का सही उच्चारण करें।

3. Keep on reading and practicing till your pronunciation becomes perfect.
---------> तब तक पढ़ते रहें और अभ्यास करें जब तक कि आपका उच्चारण सही न हो जाए।

4. Thereafter focus on reading Bhojpuri sentences to achieve your natural speaking rhythm.
---------> तत्पश्चात भोजपुरी वाक्यों को पढ़ने के लिए अपने प्राकृतिक बोलने की लय को प्राप्त करने पर ध्यान केंद्रित करें।

5. Repeat the Bhojpuri sentences in front of your companion or mirror.
---------> अपने साथी या दर्पण के सामने भोजपुरी वाक्यों को दोहराएं।

6.Correct pronunciation, achieving the rhythm and repeating the sentences will improve your confidence & command over Bhojpuri Speaking Skill and Bhojpuri language.

---------> सही उच्चारण, लय हासिल करना और वाक्यों को दोहराने से भोजपुरी स्पीकिंग स्किल और भोजपुरी भाषा पर आपका विश्वास और कमांड बेहतर होगा।

इ पेज बनावला के मुख्य उदेश्य बा की भोजपुरी सीखे वाला के सहायता कइल आ भोजपुरी भाषा के आगे बढ़ावल। येही मकसद से बिहारलोकगीत डॉट कॉम पर भोजपुरी भाषा सीखे! (Learn Bhojpuri) पेज बनावल गईल बा, जे भोजपुरी सीखे के चाहत बा भा जाने के इच्छा रखत बा त वो लोग ख़ातिर भी इ पेज बहुत उपयोगी बा।

बिहारलोकगीत डॉट कॉम  के कोशिश बा की लोग ज्यादा से ज्यादा भोजपुरी भाषा सीखे आ भोजपुरी भाषा बोले।
एह पर भोजपुरी के आसान वाक्य आ हर रोज उपयोग में आवे वाला वाक्यन के संग्रह कइल गइल बा, जेसे रउवा सब के भोजपुरी भाषा सीखे आ बोले में आसानी होखे।

अगर रउवो लगे भोजपुरी वाक्यन के संग्रह बा त बिहारलोकगीत डॉट कॉम के भेज दीं। राउर वाक्यन के बिहारलोकगीत डॉट कॉम के एह पेज प जोड़ दीहल जाई।

ध्यान दीं: भोजपुरी सीखे के खातिर बिहारलोकगीत.कॉम के फेसबुक पेज के लाइक करीं ।

0/Write a Review/Reviews

Previous Post Next Post