कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ | Bhojpuri idiom and meaning : चउथा भाग




[ads id="ads1"]


एह कोर्स में राउर हार्दिक स्वागत बा ।😊

बिहारलोकगीत डॉट कॉम के लगातार सार्थक कोशिश रही कि आपन गौरवशाली अतीत के फेर से परिभाषित कऽ के भोजपुरी के छवि के आपन देस के साथे-साथ दुनिया के बाकी हिस्सा में भी पुनर्जीवित कईल जाव। ई काम में रउरा सब के सहयोग के साथ जरुरी बा, एह से रउरा सभे से निहोरा बा की “बिहारलोकगीत डॉट कॉम” से जुड़ी आ आपन भासा भोजपुरी के आगे बढ़ावे में बिहारलोकगीत के मदद करीं।

बिहारलोकगीत डॉट कॉम के ई सतत प्रयास बा की आपन भोजपुरी भाषा आगे बढ़े आ भोजपुरी के ऑनलाइन के माध्यम से ज्यादा से ज्यादा लोगन तक पहुचावल जाव, एह कड़ी के आगे बढ़ावत बिहारलोकगीत लेके आइल बा भोजपुरी मुहावरा, जहा प रउवा भोजपुरी मुहावरा के बारे में पढ़ेब और ओकरा बारे में जानेब ओकर अर्थ के साथ ।


आखिर ह का मुहावरा ?, भोजपुरी मुहावरा :-


मुहावरा अपना भोजपुरी भाषा के एगो अभिन्न अंग ह, एकरा बिना भोजपुरी भाषा भा साहित्य पूरा नइखे होसकत। भोजपुरी भासा के बोल चाल में मुहावरा के प्रयोग खूब होला।

परिभाषा: अइसन वाक्यांश जवन आपन साधारण अर्थ छोड़ के कवनो विशेष मतलब आ अर्थ की ओर ले जाव भा व्यक्त करो ओकरा के मुहावरा कहल जाला।

हमरा कम उमेद बा की केहू भोजपुरी अपना गावं-घरे में बूढ़ पुरनिया से मुहबरा ना सुनले होइ, लेकिन अब भोजपुरी मुहावरा के उपयोग कम होखत जा ता।

हमार शुभकामना बा कि राउर जतरा शुभ होखे ।


[ads id="ads2"]


भोजपुरी मुहावरा और अर्थ | Idioms in Bhojpuri with meaning :-

भोजपुरी मुहावरा

अर्थ
कान उँखाड़ल
:-
गलत रास्ते से बचाना
कान काट के काढ़ल 
      :-         
बंधुआ बनाना
कान काटल      :-मात करना
कान चबाइल       :-एक बात को बार बार बोलना, ज्यादा बोलना
कान भरल       :-चुगली करना, शिकायत करना, किसी के विरुद्ध किसी के मन में कोई बात जमा या बैठा देना
कान फुकल      :-दीक्षा देना, गुरु मंत्र देना, सिखाना
कान खोल के सुनल       :-सावधान होकर सुनना
कान छेदल      :-स्वाधीन बनना
कान धइल       :- भूल स्वीकार करना
कान में अंगुरी लगावल      :-ध्यान हटाना
कान में तेल डाल के सुतल       :-बेफिक्र
काना-फूसी      :-गुप्त वार्ता
कानी बिलाई होखल       :- घास में छिपा साँप, ऊपर सीधा भीतर कपट
कानोकान      :-बिल्कुल गोपनीय
कान्ह देहल     :-सहयोग करना
कान्ह लगावल     :-सहारा देना
कान्हा भइंसा     :- मनबढ़ू
काम चोखा भइल      :-    कार्यसिद्धि
काल आइल     :-मृत्यु का समीप होना
काल निअराइल      :-मार खाने खाने वाला काम करना (तहार काल निअराइल बा)
काशी के फिरता     :-चालबाज


रउवा खातिर:

कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :सातवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :आठवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :नउवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :दसवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव :ग्यारहवां दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : बारहवां दिन 
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : पहिला भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : दुसरका भाग
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : तिसरका भाग


इ पेज बनावला के मुख्य उदेश्य बा की भोजपुरी सीखे वाला के सहायता कइल आ भोजपुरी भाषा के आगे बढ़ावल। येही मकसद से बिहारलोकगीत डॉट कॉम पर भोजपुरी भाषा सीखे! (Learn Bhojpuri) पेज बनावल गईल बा, जे भोजपुरी सीखे के चाहत बा भा जाने के इच्छा रखत बा त वो लोग ख़ातिर भी इ पेज बहुत उपयोगी बा।

बिहारलोकगीत डॉट कॉम  के कोशिश बा की लोग ज्यादा से ज्यादा भोजपुरी भाषा सीखे आ भोजपुरी भाषा बोले।
एह पर भोजपुरी के आसान वाक्य आ हर रोज उपयोग में आवे वाला वाक्यन के संग्रह कइल गइल बा, जेसे रउवा सब के भोजपुरी भाषा सीखे आ बोले में आसानी होखे।

अगर रउवो लगे भोजपुरी वाक्यन के संग्रह बा त बिहारलोकगीत डॉट कॉम के भेज दीं। राउर वाक्यन के बिहारलोकगीत डॉट कॉम के एह पेज प जोड़ दीहल जाई।

ध्यान दीं: भोजपुरी सीखे के खातिर बिहारलोकगीत.कॉम के फेसबुक पेज के लाइक करीं ।

0/Write a Review/Reviews

Previous Post Next Post